Showing posts with label देवेन्द्र पाण्डेय. Show all posts
Showing posts with label देवेन्द्र पाण्डेय. Show all posts

Monday, July 29, 2019

सावन ......देवेन्द्र पाण्डेय

भीड़ देख अझुरायल हउवा?
भाँग छान बहुरायल हउवा?

बुधिया जरल बीज से घायल
कइसे कही कि सावन आयल!

पुरूब नीला, पच्छुम पीयर
नीम अशोक पीपल भी पीयर

केहू ना जरको हरियायल
कइसे कही कि सावन आयल!

कउने डांड़े में बदरा-बदरी
खेलत हउवन पकरा-पकरी

धुपिया से अंखिया चुंधियायल
कइसे कही कि सावन आयल!

कत्तो बिजुरी नाहीं चमकल 
एक्को बुन्नी नाहीं बरसल

धरती धूप ताप धधायल
कइसे कही कि सावन आयल!

का भोले बाबा का कइला
बुन्नी के जटवा मा धइला?

खोला ! बरसे दा ! हहरायल
कइसे कही कि सावन आयल!
@देवेन्द्र पाण्डेय
मूल रचना